Tuesday 19 April 2011

bhojpuri speaking union bill

The parliament is giving its approval to the above bill which will enable creation of a bhojpuri speaking union.Aaj Bhojpuri khaatir ego bariye aittihaasik din ha. Ek ta  Vidhaan sabhaa mein Bhojpuri Bill paarit karal jaataa awroo humni ke prathamik school mein Bhojpuri k ego optional subject ke roop mein prastaavit karal jaataa...Aal ke din Mauritius mein Bhojpuri ke vikaas mein ego bahute shubh din baate.  

2 comments:

  1. ई त सच में एगो बहुते ही शुभ सूचना ह . सच बोल ल अर्विन्द बाद में आई होला पीढ़ी के खातिर जोन कदम सरकार देने से उठावल जाता ऊ त सराहनीय बा त . अब हमनी के उपर बा त कि हमनी अपन भासा के, भोजपुरी के परचार में केतना योगदान देब जा.
    हमके बुझाला एगो नवां लहर उठता, हिन्दी में जैसे कहते है कि "सांस्कृतिक पुनर्जागरण का युग" ठीक औसनी ही, भोजपुरी गते गते अपने मान-सम्मान पाके रही .
    बस एकेगो शर्त बा ते कि हमनी के ई भासा संगे जुड़ल अपन हीन भावना के मिटा देई के चाहीं.

    ब्लोग पर ई समाचार दे ल हमनी के, अर्विन्द, तोहर धन्वाद बा ते.

    ReplyDelete
  2. परिक्सा के घड़ी आवता

    हय विधेयक के पारित होयला से देस में भोजपुरी एगो बहुत बड़ा कदम उठावता ..
    औरी जहां तलक प्राथमिक पाठशाला में भोजपुरी के पढ़ाई लिखे के बात बा .. ता हमनी इतिहास रचे जात हय जा...
    हमर जाने भर में दुनिया में कोनो ऐसन जगह नय बा जहां भोजपुरी प्राथमिक स्तर पर एगो बिसय के रूप में पढावल जाला...
    पर ध्यान रखेके के बात ई हो बा की अब ई हमनी खातिर एगो बहुत बड़ा चुनौती वो बन जाता..
    अयसे त भोजपुरी के बारे में बड़ा बड़ा बात करे होला लोग ढेर मिलेला...
    भोपुरी के नाम से कमाय करेहोला, राज्यो तेवे पर बोले होला लोग भी ढेर मना मिल जाला..
    पर असली परीक्सा अब होय ... अब देखल जाय की भोजपुरी केकर केकर खून में बहेला...
    के के अपन लयका के ई सीमा में लेके जाय औरी के के करियर, भविष्य, इज्जत, सम्मान के नाम पर ई सीमा से मू लुकाके भागी..

    भोजपुरिया लोग .. कमर कस ल जा,,, परिक्सा के घड़ी आवता

    ReplyDelete